बड़ा अजब हs जिनगी
बड़ा अजब ह s जिनगी ना पता चले एकर खेला कबो हंसावेला कबो रोवावेला पल में साटेला जिनगी पल में बिलगावेला बड़ा अजब ह s जिनगी बाकिर......तबो एगो पूजा ह s जिनगी एगो इबादत ह s जिनगी प्रभु के परसादी ह s जिनगी खुदा के बंदगी ह s जिनगी सांचो बड़ा अजब ह s जिनगी कबो जान के रखवइया देला जिनगी कबो जान के लेवइया देला जिनगी दसगो हित देला जिनगी त दुश्मनो हजार देला जिनगी सांचो बड़ा अजब ह s जिनगी कहीं मान देला जिनगी कहीं जान देला जिनगी कहीं नाम देला जिनगी कहीं बदनाम होला जिनगी सांचो बड़ा अजब ह s जिनगी करम में सउनाइल ह s जिनगी कुकर्म में अझुराइल ह s जिनगी ठेठबिहारी के ना बुझाइल उ बुझौवल ह जिनगी सांचो बड़ा अजब ह s जिनगी