संदेश

मार्च 3, 2014 की पोस्ट दिखाई जा रही हैं

हिट्स ऑफ बलेसर

सुनीं आ सभका प्रिय बलेसर के याद ताजा रखीं। भोजपुरी के महान गायक के हमार श्रद्धांजली। राम प्रकाश तिवारी

आईल बैरी फगुनवा

जब से चढल बा जवानी, हो कि जब से चढल बा जवानी रानी भईली  दिवानी। दिन-रात मांगस खाली पिये के  पानी  सोचहीं में बीते उनकर जिंद़गानी, करीं कवन जतनवा, मान जईते जे मोर खिसियाईल सजनवा,  लिहीं कवना जादो-टोनवा के सहारा  की आ जईते घरवा  हमरो ठेठ बिहारी बलमऊवा, रहत भईले जेकरा सालभर बहरवा,  कहीं बीत न जाओ ईहो रे फगुनवा ईहे सोंच के छुटेला रानी के माथे पसेनवा कि जब से चढल बा जवानी, रानी भईली दिवानी।। चढते फगुनवा लागे जरे विरह अग्नि में तनवा की अईले  नाहीं मोरो रे बलमुआ,  की मन मोरा लागे बउराए हो राम करा द संईया से मिलनवा कि जब से चढल बा जवानी, रानी भईली दिवानी।। नाहीं अईले सजनवां त लागे काहे आईल बैरी फगुनवा
प्रेम के बाती चाहीले तोहरा के दिल के गहराई से, ई बात पुरान ह, चांद-सितारा तुरीं आ चाहे सुरुज के मधीम करीं ई ना हमार जबान ह, अरे प्यार के एह महिना मेंं फागुन के रंग में रंगा के केहु के दिल जोडीं ना त तुरे के भी काम हम ना करीं. तु चाहत हउ हमार,एगो इबादत हउ हमार , तोहसे रहके दूर जियत बानी कईसे हाल-ए-दिल सह रहल बानी कईसे हम ई बयां करीं की आज नईखे अल्फ़ाज़ हमरा पिटारा में करेजा में रहके भी नजरीया से दुर भईलु ए गोरीया काहे ना विरहीया में जरत ई जियरा खातिर बन जात तु अमृता। जीत के भी दुनिया सगरी जाले ठेठ बिहारी अपना जियरा से हारी