संदेश

मार्च 15, 2009 की पोस्ट दिखाई जा रही हैं

दोस्त आ ओकर मतलब

हमरा खातिर दोस्त के मतलब हम दोस्ती करे के बेर इ सोचले भी न रहनी की‍... ख़ुशी भी दोस्त से होखी आ गम भी दोस्त से होखी तकरार भी दोस्त से होखी आ प्यार भी दोस्त से होखी खिसिइबो करेब दोस्त से आ मनबो करेब दोस्त से ओरहनो दोस्त से होखी आ मिशालो दोस्त के होखी सबेरो दोस्त से होखी आ सांझी भी दोस्त से होई जिनगी के शुरुवातो दोस्त से होई आ जिनगी में मुलाकातो दोस्त से होई मोहब्बत भी दोस्त से बा आ इनायतों दोस्त से ह कामो दोस्त से ह आ नामो दोस्त से ह ख्यालो दोस्त के ह आ अरमानो दोस्त से ह ख्वाबो दोस्त से ह आ सांचो दोस्त से ह महफिलो दोस्त से ह आ माहौल भी दोस्त से ह मुलाकातो दोस्त से ह आ बिछोह भी दोस्त से ह जिनगी में बिरानी भी दोस्त से ह आ जिनगी में हरियरी भी दोस्त से ह चाहे इ कहलs इयार की आपन त दुनिए दोस्त से ह