संदेश

अप्रैल 7, 2019 की पोस्ट दिखाई जा रही हैं

ना हऽ इ प्रधानी के चुनाव

ना हऽ ई गंउवा के प्रधानी के चुनाव ए बाबा झूंठऊ के तुं हमनी के भरमावऽ मत ए बाबा बहतर हजार के सपना कतहीं आउर तुं देखावऽ ए बाबा छंहतर सब तहार जानी ला, झुनझुना आपन तुं कतहीं आउर बजावऽ ए बाबा ना हऽ ई गंउवा के प्रधानी के चुनाव ए बाबा।। बनीं हम अफसर चाहे चकुदार ए बाबा ना बनेब कबो देसवा के गद्दार ए बाबा मेहनत मजुरी ईमानदारी में बा नांव ए बाबा ना हऽ ई गंउवा के प्रधानी के चुनाव ए बाबा साड़ी कंबल आ पउवा पर ना वोट बिकाव ए बाबा हक इ हमार केहू से ना छिनाव ए बाबा अबकी होई अइसन उपाय ए बाबा रखबऽ इयाद तु पूर्वांचल के नांव ए बाबा ना हऽ ई गंउवा के प्रधानी के चुनाव ए बाबा