ना हऽ इ प्रधानी के चुनाव

ना हऽ ई गंउवा के प्रधानी के चुनाव ए बाबा
झूंठऊ के तुं हमनी के भरमावऽ मत ए बाबा
बहतर हजार के सपना कतहीं आउर तुं देखावऽ ए बाबा
छंहतर सब तहार जानी ला,
झुनझुना आपन तुं कतहीं आउर बजावऽ ए बाबा
ना हऽ ई गंउवा के प्रधानी के चुनाव ए बाबा।।

बनीं हम अफसर चाहे चकुदार ए बाबा
ना बनेब कबो देसवा के गद्दार ए बाबा
मेहनत मजुरी ईमानदारी में बा नांव ए बाबा
ना हऽ ई गंउवा के प्रधानी के चुनाव ए बाबा

साड़ी कंबल आ पउवा पर ना वोट बिकाव ए बाबा
हक इ हमार केहू से ना छिनाव ए बाबा
अबकी होई अइसन उपाय ए बाबा
रखबऽ इयाद तु पूर्वांचल के नांव ए बाबा
ना हऽ ई गंउवा के प्रधानी के चुनाव ए बाबा

टिप्पणियाँ

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

साकी

हंऽ हम भाषा भोजपुरी हईं

रात कईसे कटल नइखे कुछऊ पता