संदेश

अगस्त 22, 2018 की पोस्ट दिखाई जा रही हैं
हमरा चाहीं आजादी   हमरा चाहीं आजादी हं हमरा चाहीं आजादी आजादी चाहीं अशिक्षा से भूखमरी आऊर गरीबी से हमरा चाहीं आजादी चाहीं आजादी आतंकवाद से देश के गद्दारन से नेतवन के झूंठा भाषण से देशवा में लहकत अंगारन से दहकत नदी के किनारन से हमरा चाहीं आजादी सीमवा पर बरसत गोलन से खाए के तरसत बचवन से घर में रहत सपोंलन से अंचरा के बेधत दोगलन से हं हमरा चाहीं आजादी माई के नांव पर कटात बेटवन से लचकत कमरिया पर बरिसत नोटवन से कचहरी में बेचात करीया कोटवन से चुनाव में बोतल से बदलात वोटन से हं हमरा चाहीं आजादी उड़े के सपनवन के रोकत गोड़वन में पड़ल बेड़ियन से संच्चाई लिखे से रोकत हथकड़ीयन से दहेज में जरत पतोहियन से कोख में मुअत बेटियन से हं हमरा चाहीं आजादी खुन में सउनाईल कशमीरी सेबन से मौत बांटत जहरीला पनीयन से दुनिया के मिटावे के तइयार बारूदी बगीचवन से दुश्मन के नापाक इरादन से हं हमरा चाहीं आजादी   जातीपाती के नांव पर होखत दंगन से रोटी कपड़ा के रोवत भिखमंगा देहियन से मजलूमन के पेरत दबंगन से इज्जत के लूटत लफ...