दोस्त आ ओकर मतलब

हमरा खातिर दोस्त के मतलब
हम दोस्ती करे के बेर इ सोचले भी न रहनी की‍...
ख़ुशी भी दोस्त से होखी आ
गम भी दोस्त से होखी
तकरार भी दोस्त से होखी आ
प्यार भी दोस्त से होखी
खिसिइबो करेब दोस्त से आ
मनबो करेब दोस्त से
ओरहनो दोस्त से होखी आ
मिशालो दोस्त के होखी
सबेरो दोस्त से होखी आ
सांझी भी दोस्त से होई
जिनगी के शुरुवातो दोस्त से होई आ
जिनगी में मुलाकातो दोस्त से होई
मोहब्बत भी दोस्त से बा आ
इनायतों दोस्त से ह
कामो दोस्त से ह आ
नामो दोस्त से ह
ख्यालो दोस्त के ह आ
अरमानो दोस्त से ह
ख्वाबो दोस्त से ह आ
सांचो दोस्त से ह
महफिलो दोस्त से ह आ
माहौल भी दोस्त से ह
मुलाकातो दोस्त से ह आ
बिछोह भी दोस्त से ह
जिनगी में बिरानी भी दोस्त से ह आ
जिनगी में हरियरी भी दोस्त से ह
चाहे इ कहलs इयार की
आपन त दुनिए दोस्त से ह

टिप्पणियाँ

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

साकी

हंऽ हम भाषा भोजपुरी हईं

रात कईसे कटल नइखे कुछऊ पता