हमार मन
कईसन बा मन चंचला
क्षण में खिल जाला,
क्षण में मउर जाला,
सुख में खुब हंसेला
दु:ख में हो जाला बयाला
ई सुकुवार फूल होला
क्षण में कुम्हीला जाला
खुश होखे त बन जाला गोलगप्पा
दुख में बन जाला चुप्पा,
कबो कहे 'दुनिया हऽ हमार,
कबो कहे 'जगत से का नाता हमार!
हमरा मन के कवन इ हाल
अपने कईलस जीयल मुहाल
उ घमंड से भईल पैदा
एही से हरमेशा रहे बेहाल
बहुते कसनी मन के चाल,
अब ले समझ नाहीं पावल,
जे बा माटी से निकलल,
फेर माटी में ही जाला घुल!
कहस ठेठबिहारी सुनऽ सजनी
मानऽ तु हमरी कहनी
मन के कर अबो कस में
ना त होखी जिनगी के रजनी
क्षण में खिल जाला,
क्षण में मउर जाला,
सुख में खुब हंसेला
दु:ख में हो जाला बयाला
ई सुकुवार फूल होला
क्षण में कुम्हीला जाला
खुश होखे त बन जाला गोलगप्पा
दुख में बन जाला चुप्पा,
कबो कहे 'दुनिया हऽ हमार,
कबो कहे 'जगत से का नाता हमार!
हमरा मन के कवन इ हाल
अपने कईलस जीयल मुहाल
उ घमंड से भईल पैदा
एही से हरमेशा रहे बेहाल
बहुते कसनी मन के चाल,
अब ले समझ नाहीं पावल,
जे बा माटी से निकलल,
फेर माटी में ही जाला घुल!
कहस ठेठबिहारी सुनऽ सजनी
मानऽ तु हमरी कहनी
मन के कर अबो कस में
ना त होखी जिनगी के रजनी
टिप्पणियाँ