रात के बतिया
रात कईसे कटल कुछऊ पता नईखे
तहरा नैना से कतना पिहनी पता नईखे
बितल रात भईल भोरहरीया,
का भईल रतिया कुछऊ पता नईखे
जाऐब कंहवा जानत नईखीं
धऽ ले हंथवा केहू की सुधि नईखीं
नैनन के बरसात में बीतल बा रात
कब देखनी हम बरखा जानत नईखीं
के जानऽता की का तुरले बाडू
दिलवा हमार कि पैमाना तुरले बाडू
पतर गईल बा हमरो जज्बात
कईले कवन तु जादू बाडू
कईसे कहीं की तु बेवफा बाडू
जब अंखियन से ही हमके पियवले बाडू
रात कईसे कटल कुछऊ पता नईखे
का तुं पियवलु बुझात नईखे
ठेठबिहारी के नशा चढ़ल बा अतना कि
अबहीं ले कुछु लिखात नईखे
राम प्रकाश तिवारी 'ठेठबिहारी'
तहरा नैना से कतना पिहनी पता नईखे
बितल रात भईल भोरहरीया,
का भईल रतिया कुछऊ पता नईखे
जाऐब कंहवा जानत नईखीं
धऽ ले हंथवा केहू की सुधि नईखीं
नैनन के बरसात में बीतल बा रात
कब देखनी हम बरखा जानत नईखीं
के जानऽता की का तुरले बाडू
दिलवा हमार कि पैमाना तुरले बाडू
पतर गईल बा हमरो जज्बात
कईले कवन तु जादू बाडू
कईसे कहीं की तु बेवफा बाडू
जब अंखियन से ही हमके पियवले बाडू
रात कईसे कटल कुछऊ पता नईखे
का तुं पियवलु बुझात नईखे
ठेठबिहारी के नशा चढ़ल बा अतना कि
अबहीं ले कुछु लिखात नईखे
राम प्रकाश तिवारी 'ठेठबिहारी'
टिप्पणियाँ