ई चुनावी साल बा

का जाने काहे बदलल चाल बा
का हो, का ई चुनावी साल बा?
राम भी उनकरा चांहि
रहमान भी उनकरा चांहि
चुनाव के कइसन इ कमाल बा
अबकी बदलल उनकर चाल बा
मंदिर मस्जिद दउरत हाल बेहाल बा
का हो, का ई चुनावी साल बा?

जनता के जियल मुहाल बा
नेता भईल मालामाल बा
युवा बेरोजगार त किसान कंगाल बा
बाकि नेताजी के ना कवनो मलाल बा
का हो, का ई चुनावी साल बा?

कहे नेता मन में अपना
जनता देखऽ मत तुं सपना
अबहीं दिनवा तोहार बा
इलेक्शन बाद हमरो पांच साल बा
तबो देखऽ छले खातिर
झोरी पसार बनल ई कंगाल बा
का हो, का ई चुनावी साल बा?

हर बेर चुनाव से पहिले बतावल बा
तबो सभकर ऊहे हाल बा
का तुंहुं झूठे
अनका के दुसेलऽ ठेठबिहारी
जब सभ कइल तहरे कमाल बा
का हो,का ई चुनावी साल बा?

-राम प्रकाश तिवारी'ठेठबिहारी'

टिप्पणियाँ

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

साकी

हंऽ हम भाषा भोजपुरी हईं

रात कईसे कटल नइखे कुछऊ पता