बड़ा अजब हs जिनगी
बड़ा अजब हs जिनगी
ना पता चले एकर खेला
कबो हंसावेला कबो रोवावेला
पल में साटेला जिनगी
पल में बिलगावेला
बड़ा अजब हs जिनगी
बाकिर......तबो
एगो पूजा हs जिनगी
एगो इबादत हs जिनगी
प्रभु के परसादी हs जिनगी
खुदा के बंदगी हs जिनगी
सांचो बड़ा अजब हs जिनगी
कबो जान के रखवइया देला जिनगी
कबो जान के लेवइया देला जिनगी
दसगो हित देला जिनगी
त दुश्मनो हजार देला जिनगी
सांचो बड़ा अजब हs जिनगी
कहीं मान देला जिनगी
कहीं जान देला जिनगी
कहीं नाम देला जिनगी
कहीं बदनाम होला जिनगी
सांचो बड़ा अजब हs जिनगी
करम में सउनाइल हs जिनगी
कुकर्म में अझुराइल हs जिनगी
ठेठबिहारी के ना बुझाइल
उ बुझौवल ह जिनगी
सांचो बड़ा अजब हs जिनगी
टिप्पणियाँ