संदेश

यूपी को ये साथ पसंद है।

यूपी को ये साथ पसंद है।  हां यूपी को ये साथ पसंद है, क्योंकि नौटंकी में इसका कोई सानी नहीं है। हां यूपी को ये साथ पसंद है, क्योंकि पप्पू और बबूआ सा नादान कहीं और नहीं है हां यूपी को ये साथ पसंद है, क्योंकि चोरी-चकारी सीनाजोरी में  बहन-बेटीयों की इज्जत की रखवारी ही इनसे जरूरी है हां यूपी को ये साथ पसंद है, फटा कुर्ता और पंचर साईकिल वाले  जोकर इनसा कोई और नहीं है हाथ का साथ गरीबों की जेब साफ और भाई-भतिजों के सारे गुनाह माफ  इनसा परिवारवाद व भाई-भतिजावाद कहीं और नहीं है। हां यूपी को ये साथ पसंद है, कुर्सी को बचाने में सब कुछ झोंकना  लोभ-प्रलोभन, और तुष्टिकरन करने वाला इनसा कोई और नहीं है  इसिलये यूपी को ये साथ पसंद है  भाई हमको तो नमो की चाय पसंद है थोडी कड़वी थोड़ी मीठी चाय है प्रदेश को बचाने और आगे बढाने को  अब सब एक राय हैं गुंडाराज भ्रष्टाचार और भाई-भतिजावाद की सरकार हटाना है।  हां यूपी को ये साथ पसंद है, क्योंकि इस को लखनऊ नहीं  मुम्बई ही भेजना है तो कहे ठेठबिहारी अब की है  भाजपा की बारी मोदी और शाह की जोड़ी पसंद है

विरह वेदना

प्यार के असरा मन में जगाके कहां जालs  ए बलमा पिरितिया लगाके कहले रहल तु हमसे ना जाने कवन-कवन बतिया कईले रहल..........हो कि दिहले रहल तु प्यार के वचनिया का भईल तोहरो उ सभ किरिया लिहले रहलs जवन तु हमरा साथे साथ निभईबs तु सात जनम तक कहले रहलs चूमके माथा  काहे भूली गईलs जाके सहरीया मे हमके जिया में उठेला लहरिया हमरो की राजा हो आजईतS एक बेरिया तोहरा के बसा लितीं हम नयना के भीतरिया हो की कहां जालs ए बलमा लगाके पिरितिया

हमार भाषा भोजपुरी

दुल्हिन के हाथ के चूड़ी ह,त भोज में के पूड़ी ह सभ भाषा से मीठ, हमार भाषा भोजपुरी ह एहिमे मिली रउवा सोहर , चउमासा त चइता कजरी आ होरी गीत इहंई बा छठ तेरस आ शिवरात्रि संस्कृत के बेटी त हिंदी के बहिनी ह हमार भाषा भोजपुरी , त कहीं काहे ए सरकार बनवले बानी एके मजबूरी, काहे नइखीं देत एकर हक़ एके जवन बा जरूरी ,   अरे अब त आपन अंघी के तुरीं आ बनायीं भोजपुरी के भी भाषा जरूरी इहे निहोरा बा रउरा से आज हमनी सभ के प्यार से मांगत तानी जा आज हक़ आपन देदेब त होई राउरि जय जयकारी नाही त खाएब रउवो मुँहे हमनी के पगधूरी कहे ठेठबिहारी सुनी ऐ सभी नेता लोग भोजपुरी के कहानी जवन बा बहुते बुरी जवन माटी दिहलस बड़का बड़का नेता आ मंत्री जहाँ भईले अफसर से ले के संत्री, जहाँ के बाड़े गृहमंत्री आ प्रधानमंत्री उहे भाषा आज भईल बा मजबूर, काहे नईखे लेत केहु सुधि एकर

जय भोले शंकर

जय भोले शंकर चढ़ते सावन लागे मनवा झुमे जईसे झुमे बन में कवनो मोर चल रे मन भोले के नगरीया  चढावल जाई गंगा जी के पनीया भरी भरी गगरीया हो,बाबा के कपरीया पान फुल भोला के निक ना लागे मानस भोला खाई के गोला भंगीया पेड़ा मिठाई शिवजी के मनही ना भावे होले खुस बाबा जब चढे धतुर-अकवनीया चल रे मन बाबा के नगरीया त्रिशुलवे पर बा बाटे बसल काशी नगरीया हो खुल जाले जहंवा सभ पाप के गठरीया चल चल रे मन ओही बाबा के नगरीया कहे अपना मनवा के बतीया त कर जोड़ी पईयां परी करी ले विनितीया सुनलीहीं बाबा ठेठबिहारी के हो अरजीया सुख शांति होखे चंहु ओरिया दुनिया में बजावे डंका राउर सभ भोजपुरीया दिहीं ए बाबा अबकी इहे असीसीया

जिअs जिअs ऐ जवान

अब राम जी रहेलन पलानी में , जीय-जीय हो जवान , बनी पलंग के पहलवान , आग लागो तोहरी अइसन जवानी में।। दिन भर दारु-ताडी पियस , सांझी के जा के लुकास चुहानी में , जीय-जीय हो जवान , आग लागो तोहरी अइसन जवानी में।। कहीं माई-बाप पुकारे , कहीं बहिनी करे पुकार बाकिर मेहरी आगे सुनाय ना तोहरा केहु के बानी , ना जाने कहीया जागी तोहरो जवानी कह कब ले रखब s आपन , तलवार लुका के मयानी में जीय-जीय हो जवान , आग लागो तोहरी अइसन जवानी में।। अपने त रहेल s महल-अटारी में काहे रखले बाड़ s राम जी के अबले पलानी में, कर के देशवा खातिर कुछ बलिदान लिखवाल s तुंहु आपन नाम अमर कहानी में जीय-जीय हो जवान , आग लागो तोहरी अइसन जवानी में।। कहस ठेठबिहारी बीर रस सुने के  तरसे कान सभकर, आ  तु  काहे फंसी गईल बाड़s तिरिया के बानी में , जीय-जीय हो जवान , आग लागो तोहरी अइसन जवानी में।।

हिट्स ऑफ बलेसर

सुनीं आ सभका प्रिय बलेसर के याद ताजा रखीं। भोजपुरी के महान गायक के हमार श्रद्धांजली। राम प्रकाश तिवारी

आईल बैरी फगुनवा

जब से चढल बा जवानी, हो कि जब से चढल बा जवानी रानी भईली  दिवानी। दिन-रात मांगस खाली पिये के  पानी  सोचहीं में बीते उनकर जिंद़गानी, करीं कवन जतनवा, मान जईते जे मोर खिसियाईल सजनवा,  लिहीं कवना जादो-टोनवा के सहारा  की आ जईते घरवा  हमरो ठेठ बिहारी बलमऊवा, रहत भईले जेकरा सालभर बहरवा,  कहीं बीत न जाओ ईहो रे फगुनवा ईहे सोंच के छुटेला रानी के माथे पसेनवा कि जब से चढल बा जवानी, रानी भईली दिवानी।। चढते फगुनवा लागे जरे विरह अग्नि में तनवा की अईले  नाहीं मोरो रे बलमुआ,  की मन मोरा लागे बउराए हो राम करा द संईया से मिलनवा कि जब से चढल बा जवानी, रानी भईली दिवानी।। नाहीं अईले सजनवां त लागे काहे आईल बैरी फगुनवा