संदेश

अगस्त, 2008 की पोस्ट दिखाई जा रही हैं

महेन्द्र मिसिर

चित्र
दुगो भोजपुरिया शान एक जाना अतीत त दुसर भविष्य के सितारा।

रात के पहरा

चित्र
सावन के महीना रहे, अन्हरीया रात के पहरा रहे। सुतल रहनीं हम,ओ सुतल रहनीं हम भीतरीया आला घरवा में, तले देखनी एगो सपना बडा विचित्र रे, ए सखी हम तोह से का बतांई, का का सपनवां में। पिया के हम के इयाद आइल, लागल कि करेजवा केहु हिला गइल। ओह रात के पहरा में।।

भारत के पहिला भोजपुरी चैनल

चित्र
भारत के पहिला भोजपुरी चैनल सभ भोजपुरीया लोगन के जान के खुशी होइ की अब आपनो एगो चैनल आ गइल बा ए चैनल के अइला से अब हमनीं के अपना बोली में खब़र से ले सिनेमा,धारावाहिक,गीत संगीत इ सभ अपना भाषा में देख-सुन के आनंद लीं जा। एह चैनल के लाँचींग में मनोज तिवारी,भरत शर्मा, शारदा सिन्हा, कल्पना,मालिनी अवस्थी से लेके प्रकाश झा जइसन कलाकार आ फिलिमी लोग के अलावा लालु प्रसाद जइसन भोजपुरीया नेता आ भोजपुरी के शान इ लोग उपस्थित रहे लोग एकर शुरुआत लालु जी खुदे कइलन। त फेर अब इ ब्लाग जनीं पढीं लोगिन जाँई जल्दी आ देखीं जा आपन चैनल.... जौना के नाम बाटे महुआ 'दिल से भोजपुरी'। अब आज्ञा दीं लोगिन चलत तानीं आपन प्रोग्राम देखे। तब ले जय श्री राम