भारत के पहिला भोजपुरी चैनल


भारत के पहिला भोजपुरी चैनल
सभ भोजपुरीया लोगन के जान के खुशी होइ की अब आपनो एगो चैनल आ गइल बा ए चैनल के अइला से अब हमनीं के अपना बोली में खब़र से ले सिनेमा,धारावाहिक,गीत संगीत इ सभ अपना भाषा में देख-सुन के आनंद लीं जा। एह चैनल के लाँचींग में मनोज तिवारी,भरत शर्मा, शारदा सिन्हा, कल्पना,मालिनी अवस्थी से लेके प्रकाश झा जइसन कलाकार आ फिलिमी लोग के अलावा लालु प्रसाद जइसन भोजपुरीया नेता आ भोजपुरी के शान इ लोग उपस्थित रहे लोग एकर शुरुआत लालु जी खुदे कइलन। त फेर अब इ ब्लाग जनीं पढीं लोगिन जाँई जल्दी आ देखीं जा आपन चैनल.... जौना के नाम बाटे महुआ 'दिल से भोजपुरी'। अब आज्ञा दीं लोगिन चलत तानीं आपन प्रोग्राम देखे। तब ले जय श्री राम

टिप्पणियाँ

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

साकी

हंऽ हम भाषा भोजपुरी हईं

रात कईसे कटल नइखे कुछऊ पता