हर धड़कन पर नाम लिखनी

 अपना हर धड़कन पर नाम उनकर लिख लिहनी; 

अइसन करत ना जननी कि हम कुछ गलत कइनी; 
ऊ साथ निभावे के वादा कऽ के हमसे बदल गइले; 
बेवफाई से ऊ अपना, हमरा के कुछ सबक दे गइले;
साँझ सवेरे रोज जेकरा नामे हम आपन करत रहनी;
ऊ आज केहू आउर के संगे बाँचत बाड़े प्रेम कहानी;
उनकरा इयाद में अँखिया आजो रहता हमार भींजल:
रह-रह लउकता उनकर ऊ मने-मने हमरा पर हँसल;
कहाँ गइल ऊ बंद मुँह से अँखिया से सभ बात कहल;
काहे मेंटल ऊ प्यार जवन हमनी में भइल कबो रहल;
आदत तहार बा रिश्ता बना के नाता सभका से तुड़ल;
आदत हमार बा नाता नेह के अपना दुश्मनो से जोड़ल;
रहिया आजो निहारता अँखिया उनकरा लवटि आवे के;
बाकी इरादा बुझाता उनकर अबहीं हमरा के तड़पावे के।
राम प्रकाश तिवारी "ठेठबिहारी"

टिप्पणियाँ

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

साकी

हंऽ हम भाषा भोजपुरी हईं

रात कईसे कटल नइखे कुछऊ पता