नैना से नैना मिलाके

नैना से नैना मिलाके
कहां जातारु गोरी?
हमके दिवाना बनाके
काहे छोड़लु हमके गोरी?
आपन पागल बनाके
होssssss कहs कहां जातारु गोरी
नैना से नैना मिलाके।1।

संगे जिए-मरे के खाके किरिया
काहे फेर फेरेलु नज़रिया
हो कि कहs कवन भइल हमसे खसुर
करी दिहलु तुं हमके अपना से दूर
काहे कहेलु तुं जियs अब हमके बिसराके
होssssss कहs कहां जातारु गोरी
नैना से नैना मिलाके।2।

जब-जब बाजे तहरो पायल
मनवा होला हमरो घायल
जब खन-खन खनकेला कंगनवा
तब धक-धक धड़केला मनवा
मिलबु ना जे तुं हमकेsssss
तs सांच कहिले गोरी
मर जाएब हम माहुर खाके
होssssss कहs कहां जातारु गोरी
नैना से नैना मिलाके।3।

कवन कमी रहे ठेठबिहारी में
साथ न छोड़बु कहियो कहले रहलु
भरके हमके अंकवारि में
तब काहे छोड़ेलु हमके जान मझधारी में
अरे हम त लागल रहनी
अपना मिलन के तइयारी में
होssssss कहs कहां जातारु गोरी
नैना से नैना मिलाके।4।

टिप्पणियाँ

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

साकी

हंऽ हम भाषा भोजपुरी हईं

रात कईसे कटल नइखे कुछऊ पता