हिन्दी दिवस


आज हिन्दी दिवस बा त हमु सोचनीं की चल तनीं एकरो सेवा क लीहल जाओ। त लिख दीहनी एगो निहोरा सभके लगे ।
दिवस ह आज ,
आई मिलके मनावल जाओ एकरा के आज
लिहल जाओ संकल्प की करल जाई ,
सब काम हिन्दी में आज से
जे अगर करे के चाहेम हिन्दी के सेवा त हमरा इ निवेदन के मानेम
करी ले निहोरा हाथ जोड़ी के की मान लिहल जाओ लइका के बात आज
कहलन गाँधी नेहरू आ सब पुरखा पुरनिया जेके आपन मातृभाषा
त काहे लजा ता नवका पीढ़ी बोले में एकरा के आज
ऐही से लिहल जाओ संकल्प मन में आज की करेम सन
हिन्दी के पूरा सम्मान आज से,
खाली साल में एक पखवाडा आ चाहे एक सप्ताह हिन्दी- हिन्दी कइला से आ चाहे
जय हिन्दी बोलला से ना हो सकेला हिन्दी के विकास,
लगावे हिन्दी अपना लइकन से एगो आस आज,कि करीहन उ सब ओकरो पुरा सम्मान आज
जय भारत बोल सब मिल क आज
काहे की हिन्दी दिवस ह आज
जय जय बिहार जय जय हिन्दी ।
राम प्रकाश तिवारी

टिप्पणियाँ

बेनामी ने कहा…
बहुत खुब लगो रहो।

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

साकी

हंऽ हम भाषा भोजपुरी हईं

रात कईसे कटल नइखे कुछऊ पता