८३ के जस्न लॉर्ड्स के मैदान में

आज सुनील गावस्कर लॉर्ड्स के मैदान में ८३ के विश्व विजेता भारतीय टीम के सदस्यन के एगो पार्टी देत बाडन एह पार्टी के मुख्य उद्देश्य बीतल दिनन के इयाद करे के हवे। बाकिर का इ पार्टी आ इ जस्न मनवाला से भारत फेरु वर्ल्ड कप जीते में सक्षम बन सकेला का ? शायद ना, एकरा से नीमन त रहित की इ खेलाडी लोग अपन अपन तजुर्बा के नया पीड़ी के दिहित लोग। बाकिर एह लोग के , के समुझावे एमें से कुछ लोग कोशिश त कइल लेकिन बोर्ड के ढीला रवैया के चलते नया टीम से तालमेल ना बिठा पाइल लोग जेकर परिणाम हमनी के २००३ के वर्ल्ड कप में केन्या जैसन कमजोर टीम के सेमीफाइनल तकले पहुंचला के रूप में देखनीं सन वोह टीम के उहाँ तकले पहुँचावे में एगो अइसन व्यक्ति के हाथ रहे जे ८३ के भारतीय टीम के हिस्सा रहे आ एकरा अलावे उ भारत के कोचिंग भी देवे के कोशिश कईलन बाकिर सीनियर आ बोर्ड के शहमिलल कुछ खिलाड़ी लोगन के राजनीती के चलते एइजा से केन्या चल गईलन आ ओकरा टीम के कोचिंग देबे लगलन आ उनकर मेहनत रंग लेलस केन्या के टीम वर्ल्ड कप के सेमीफाइनल तक ले पहुंचल । त इतिहास में जादा न जाके हम इहे कहे के चाहेम की हमनी के टीम के राजनीती छोड़ के देश खातिर खेले के चाहीं .

टिप्पणियाँ

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

साकी

हंऽ हम भाषा भोजपुरी हईं

रात कईसे कटल नइखे कुछऊ पता